
संतोष पटेल
जाति के चक्रव्यूह बेधी के
कइले महिला, वंचित आ शोषित के उद्धार
अइसन महात्मा रहलें जोति बा फूले हमार…।
सत्यशोधक समाज बनाई
छुआछूत आ जातिवाद भगवले
मेहरारूअन आ बचियन खातिर
शिक्षा के अलख जगवले
का बताई केतना बा फूले के उपकार…
जोती बा के किताबन में बा
सामाजिक न्याय के बात
शिक्षा के हथियार बनवले
माता सावित्री के मिलल साथ
सोलह किताब लिखी समाज के कइलें उपचार..।
गुलामगिरी ह उनकर जातिवाद पर हमला
सामाजिक भेदभाव के सुलझवले कुल ममला
दलित, किसान आ मजूर समेत
विधवन के बनले तारणहार..।
अइसन महात्मा रहलें जोती बा फूले हमार…।